‘अपनइत’ संस्था के गठन आ पहिल काव्य गोष्ठी सम्पन्न

एक संकल्प,एक उद्देश्य, एक समर्पण आ एक सुखद प्रयास बा अपने माई भाषा भोजपुरी के मान मर्यादा, समृध्दि अ विकास बदे समर्पित संस्था ‘अपनइत’ के।

काल क दिन भोजपुरी अ भोजपुरियन बदे एक ऐतिहासिक दिन रहै काहे से कि काल्ह गाजियाबाद में भोजपुरी बदे समर्पित अ संकल्पित एक संस्था “अपनइत” क गठन गइल गयल जवने के पहिली बइठकी,अ गोष्ठी क मेज़बानी करैक सौभाग्य हमरा के अ हमरे परिवार के मिलल। बाक़िर एकर सूत्रधार अ रूपरेखा तइयार करै वाला जे बा ऊ भोजपुरियन बदे भा गाजियाबाद एन सी आर में रहै वालन बदे कवनो अपरिचित आ नया नांव नईखीं बलुक हमहन क आपन भाई आदरणीय जयशंकर प्रसाद द्विवेदी ” जे०पी० भइया” बाटन।काहे से कि ई काम केहू दुसरे के बस क ना रहै । ई संस्था के स्थापित कयल जेपी भइया क बहुत दिनन क सपना रहल जवन कल्ह ईश्वर के आशीर्वाद से साकार हो गयल ।

काल्ह हमहूं के एक बहुत बड़ी जिम्मेदारी संउपल गयल ऊ ई कि हमरे संस्था के द्वारा हमके एकर “अध्यक्ष” मनोनीत कयल गयल। ईश्वर से प्रार्थना बा कि हमके एह जिम्मेदारी के सम्हारै के योग्य बनवले रहैं अ एह उपाधि बदे हम संस्था के माननीय सदस्यन क सदैव आभारी रहब ।

काल कार्यक्रम क श्री गणेश कार्यक्रम अध्यक्षा आदरणीया डा० पुष्पा सिंह विसेन जी के द्वारा मां सरस्वती के हाज़िर नाजिर मान के विधिवत दीप प्रज्वलन अ माल्यार्पण से भयल ओकरे उपरान्त हम सरस्वती वन्दना क पाठ कइनी अ मां से निवेदन कइनी कि हमहन क ई प्रयास निर्विघ्न रूप से सफल होय अ सच में मां वीणा पाणिनी के आशीर्वाद अ उनके उपस्थित से कार्यक्रम बहुत अद्भुत रहल।

गोष्ठी के दौरान भोजपुरी साहित्य आ साहित्यकारन पर चर्चा भयल आ भोजपुरी के विकास आ प्रचार खातिर का का करै के होई एहू पर सुझाव लेहल देहल गयल।

कविगोष्ठी के संचालन क जिम्मा संयोजक भइया जेपी द्विवेदी जी के संउपल गयल जवन बहुत सफल अ अविस्मरणीय रहल। भाई नवनीत मिश्रा जी क काव्यपाठ,भाई डा०राजीव उपाध्याय जी क काव्यपाठ , सचमुच बहुत सराहनीय रहल आ ओह पर सोने पर सोहागा तब हो गयल जब कोकिल कंठी कवयित्री पारो चौधरी अपने गीत से सबकर मन मोह लेहनी अ उनहुं से जवन कुछ बच गईल ओकर कमी हमार भउजी श्रीमती तनुजा द्विवेदी जी पारम्परिक भोजपुरी सोहर अ गीत गाय के पूरा क देहलीं ‌।जेपी द्विवेदी जी,डा०पुष्पा सिंह विसेन जी क काव्यपाठ भी बहुत सराहनीय रहै अ हमहूं के काव्यपाठ करै क सौभाग्य मिलल अ एह सब में जे प्रारंभ से समापन तक पूरी तन्मयता से साक्षी बनल उनकर नाम भी लेवल जरूरी बा “श्री अजयवीर सिंह त्यागी जी” जे पश्चिमी उत्तर प्रदेश क रहै वाला होके भी भोजपुरी के प्रचार अ प्रसार खातिर सदैव तत्पर रहैन।एह आयोजन के सफल बनावै में जे जे सहभागी रहल साक्षी रहल ,आपन अमूल्य समय देहलस ओह कुल भोजपुरियन क “अपनइत” अ हम बहुत बहुत आभारी हई।  ई केहू एक व्यक्ति विशेष या मुठ्ठी भर भोजपुरियन क संस्था नाही बा ई कुल भोजपुरियन के आपन संस्था बा एह से जुड़ल जाय अ जइसे भी सम्भव होय एहमे आपन सहयोग दिहल जाय।

Related posts

Leave a Comment